Перейти к содержимому

Md. Khalil - Lele Ayiha Balam | ले ले अइहा बालम बजरिया से । मो. खलील

Aakhar Bhojpuri

0:00 / 0:00

Md. Khalil - Lele Ayiha Balam | ले ले अइहा बालम बजरिया से । मो. खलील

61 567 просмотров · 8 лет назад
Aakhar Bhojpuri
169 тыс. подписчиков
61 567 просмотров · 8 лет назад
आवाज : मो. खलील गीत : ले ले अइहs बालम बजरिया से चुनरी गीतकार - अनिरुद्ध त्रिपाठी ' अशेष' विडियो : अमीषा त्रिपाठी गाना साभार : फोक धरोहर मो. खलील , बलिया , उ.प्र. के रहे वाला रहले । रेलवे में चउथा श्रेणी के कर्मचारी । गावे के शवख रहे त " झंकार पार्टी " नाव से आर्केस्ट्रा बनवले । भोजपुरी साहित्य आ संगीत के संगम मो. खलील से होला । अपना समय के नामचीन साहित्यकार लोगन के गीतन के मो. खलील आपन आवाज देले रहले । मो. खलील के टीम - हारमोनियम प उदय चंद परदेसी , ढोलक प मो. इब्राहिम , बांसुरी प हजारीलाल पथर चौहान , वायलिन प इकबाल अहमद आ बीच में खलील कबो कबो ढपली ले के । साहित्यकार लोगन के नाव जेकर गीत मो. खलील गवले बा‌डे - महेंदर मिसीर , प. सीताराम चतुर्वेदी , भोलानाथ गहमरी , मोती बी.ए , राहगीर बनारसी , जनार्दन प्रसाद अनुरागी , हरिराम द्विवेदी ( साहित्य अकादमी पुरस्कार से सम्मानित ), युक्तिभद्र दिक्षीत सुगर के बेमारी के वजह से 55 साल के उमिर में 1991 में मो. खलील के निधन हो गइल बाकिर अपना पाछे अनेकन गो भोजपुरी गीत उ छोड़ के गइले जवना के आवे वाली पीढी के लगभग मय गायक गायिका लो गावल । कुछ हिट गीत मो. खलील के - 1- कवने खोतवा में लुकइलू आहि हो बालम चिरई 2- छलकल गगरिया मोर निर्मोहिया 3- माई मोरे गितिया में अस रस भर द जगवा के झुमे जवानी 4- अंगूरी में डंसले बिआ नगिनिया हो 5- गंगा गीत : लागल गंगा जी के मेला , छोड़ा घरवा के झमेला 6- प्रीत में ना धोखाधड़ी, प्यार में ना झांसा 7- छिटियां पहिर गोरी बिटिया हो गइली 8-ले ले अइह बालम बजरिया से चुनरी 9- कहिया ले मिलल बलम मोरे रसिया 10- लाली लाली बिंदिया 11- सावन हे सखी 12- हो गइलन गुलरी के फूल सुप्रसिद्ध साहित्यकार कैलाश गौतम जी मो. खलील के बारे में लिखले बानी कि - अब गीत त बा बाकि मो. खलील के अंदाज में टेरे वाला केहू गायक नइखे । खलील के गीतन में आकर्षणे आकर्षण बा । थथमल मीठ आवाज , अदभुत संतुलन , खलील के अंदाज आ गीतन के नयापन , इहे रहे खलील के घर घर ले पहुंचे के कारण । अब त पता ना ओइसन गीत लिखाता कि ना आ आगे खलील लेखा केहू गायक होइ कि ना । आखर से जुड़ी : आखर वेबसाइट (Website) : www.aakhar.com आखर फेसबुक (Facebook) :   / aakhar   आखर ट्वीटर (Twitter) :   / aakharbhojpuri   आखर युट्यूब (Youtube) :    / aakharbhojpuri   आखर इंस्टाग्राम ( Instagram ) :   / aakharbhojpuri